36.1 C
Delhi
Thursday, May 14, 2026

Buy now

Ads

वसंत अइला पर

- Advertisement -

पीयराह सरसों से
लहलहात रहे बघार
आ गाँव के खोरीयन में
भभस गइल रहे कुकुरबन्हा के जंगल

नदी घसकत
चल आइल रहे कोनहरा
पषु भूख का मारे
बूड़ा आवत रह सन्
चुरूआ भर पानी में मुँह

छतनार फेंड़न पर
बइठल चिरई
टोहत रहीसन दाना के कन
जैने खड़ा रहे बिजूका
अगोरिया करत

खेतन में खड़ा रहीसन फसल
दूर से उड़ के चलल आवत रहे
चीलन के झुंड
जैसे भरल जात रहे
एकाएक पूरा गाँव

Related Articles

LEAVE A REPLY

Please enter your comment!
Please enter your name here

Stay Connected

0FansLike
3,912FollowersFollow
14,700SubscribersSubscribe
- Advertisement -spot_img

Latest Articles