36.1 C
Delhi
Thursday, May 14, 2026

Buy now

Ads

नदी के पार के गाँव

- Advertisement -

झींगवा मछरी के पीठ पर
पबंरत नदी में
नहात रहे कुछ लोग

कुछ लोग जात रहे
काटे खातिर गेंहूवन के बाली
आपन कपार ककुलाब
पेड़न का अलोते

देखत रहे खेला
कुछ लोग
सूरूज के उगे
दिन चढ़े
आ झुरमुटन में लुकाये के छन
कान्ही पर लदले उम्मीदन के आसमान

पूरा गाँवें तना आइल रहे
ओकरा भीतर
जे खोज रहत रहे
नदी के रोज बदलत हेलान

कोर का ओरे
पुकार भरत रहे ऊ बूढ़वा
आँखिन से ना लउकत रहे
ओके कुछऊ

कुछ लोग चलल जात रहे डेगारे
जेने कुहेसा में लपेटात
उबियात रहे ओकर गाँव

Related Articles

LEAVE A REPLY

Please enter your comment!
Please enter your name here

Stay Connected

0FansLike
3,912FollowersFollow
14,700SubscribersSubscribe
- Advertisement -spot_img

Latest Articles