36.1 C
Delhi
Thursday, May 14, 2026

Buy now

Ads

तइयारी

- Advertisement -

उगरह ना होखल रहे अबे चान
तबो बलुक बरले रहे
जोन्हिया आपन दियरी
ओह करिया रात में
सभे पुंग लेले रहे
अपना काम ले

आइल हमरा मन में
घूमि आई खेत-बधारिन से
देखि आई जनेरा के खेत
सुनि आई पउधन के बतकही

कूदत जा रहे हमार गोइ
मेड़िन के लीख धइले
तले थथम गइलीं हम
केने दो ले बहल आवत
अवँज के सुनि के

बुझाइल जे
अगिया-बैताल मतिन
बतकूचन करत मनई
हेरवा देले होखस जइसे
गगरी अपना उमिदन के

खलबला गइलीसन्
फेंड़न पर के झँपात चिरई
आ गरमा गइल रहे गाँव

भकुवइले हम
बढ़त गइलीं सीवान ओरे
जनाय जइसे तइयार होखसन्
खेतन के जिरात
चले बदे
ओने घहरात रहे बदरी
चूबे लागल रहे आसमान

Previous article
Next article

Related Articles

LEAVE A REPLY

Please enter your comment!
Please enter your name here

Stay Connected

0FansLike
3,912FollowersFollow
14,700SubscribersSubscribe
- Advertisement -spot_img

Latest Articles